Articles

  • 2 months ago | ruralindiaonline.org | kavitha Muralidharan |P. Sainath |Vimal Chandra Pandey

    “बजट पर होखे वाला हर साल के हंगामा का हमनी के जीवन मेंतनिको बदलाव ले आई? दू बच्चन के अकेले पाले वाली माई नागम्मा पूछेली. उनकरआदमी 2007 में एगो सेप्टिक टैंक के सफाई करत के मर गईलें. ई त्रासदी उनके सफाईकर्मचारी आन्दोलन शुरू कईले के ओर प्रेरित कईलस जहां आज उ संयोजक के तौर पर काम कररहल बाड़ी. उनकर बड़की बेटी शाईला नर्स हवे आ छोटकी बेटी आनंदी एगो अस्थायी सरकारीनोकरी करेले. “बजट हमनी खातिर एगो सजावटी शब्द भर हवे.

  • 2 months ago | ruralindiaonline.org | Amir Malik |Swadesha Sharma |Vimal Chandra Pandey

    सुनीता निषाद के याद बा कि कोरोना महामारी में उनकाअपना दम पर हरियाणा से उत्तर प्रदेश में अपनी गृह जनपद महाराजगंज तक ले के यात्राकरे के पड़ल रहे. उ लाखों प्रवासी श्रमिकन में से एक हई जिनकेराष्ट्रीय लॉकडाउन के अचानक घोषणा के बाद से ए उथल-पुथल के सामना करे के पड़ल रहे. एसे कवनो हैरानी के बात नईखे कि उनके केन्द्रीय बजट या कवनो अउरी घोषित सरकारीयोजना में तनिको दिलचस्पी नईखे.

  • Dec 22, 2024 | ruralindiaonline.org | Ritayan Mukherjee |Vimal Chandra Pandey

    आप सातजेलिया के एकमात्र पोस्ट ऑफिस के देख के भी हो सकेला चीन्ह ना पाईं. माटी के झोपड़ी में स्थित ए पोस्ट ऑफिस के सिरिफ एकरा बाहर लटकल लाल रंग के धातु के बनल लेटर बॉक्स से ही चिन्हल जा सकेला. पश्चिम बंगाल के साउथ 24 परगना जिला में स्थित 80 बरिस पुरान ई उप-डाकघर सात गो ग्राम-पंचायतन में काम करेला. माटी के ई झोपड़ी सुन्दरबन में आफत मचा चुकल आलिया आ अम्फान जईसन भयानक तूफानन के सामना कर के खड़ा बा. ई एइजा के बहुत निवासियन खातिर जीवन रेखा हवे जिनकर बचत खाता ए डाकघर में बाटे.

  • Dec 17, 2024 | ruralindiaonline.org | M. Kumar |Vimal Chandra Pandey

    जब कबो हम अपनी लोगनके मौत पर कुछ लिखे के कोसिस करेनी, दिमाग खाली हो जाला जईसे देह से प्राण निकल गईल होखे. दुनिया बहुते आगे बढ़ गईल बा बाकिर हमनी केसमाज हाथ से मैला उठावे वाला लोगन के जिंदगी के तनिको परवाह ना करे. सरकार सीधेअइसन मौतन से इंकार कर देवेले. बाकिर ए साल लोक सभा में पूछल गईल सवाल के जवाब में सामाजिकन्याय आ अधिकारिता मंत्री रामदास अठावले बतवलें कि 2019-2023 के दौरान ‘सीवर आसेप्टिक टैंकन के खतरनाक सफाई’ केदौरान 377 से जादे लोग मौर गईल.

  • Nov 25, 2024 | ruralindiaonline.org | Arshdeep Arshi |Priti David |Vimal Chandra Pandey

    “नरक है ये (ई नरक हवे).” कश्मीरा बाई बुड्ढ़ा नाला के विषयमें बतावत बाड़ी. ई औद्योगिक कचरा से प्रदूषित एगो जलाशय हवे. इ नाला उनकी गांवसंघे बहेला आ उनकी घर से खाली सौ मीटर के दूरी पर सतलुज नदी में गिरेला. बाई अपनी उमिर के चालीसवां फेरा में बाड़ी. उनका याद बा किएक समय नदी के पानी एतना साफ़ रहे कि लोग पिए खातिर एकर उपयोग करे. लुधियाना केकूमकलां गांव से निकले वाला बुड्ढा नाला सतलुज में मिले से पहिले 14 किलोमीटर लेलुधियाना से होकर जाला, ई बाई के गांव वलीपुर कलां के बगल में बा.

Contact details

Socials & Sites

Try JournoFinder For Free

Search and contact over 1M+ journalist profiles, browse 100M+ articles, and unlock powerful PR tools.

Start Your 7-Day Free Trial →